
भोजपुरी भाषा
विश्व के दसवीं सबसे ज्यादा बोलल जाय वाली भाषा के गौरवशाली इतिहास
भोजपुरी भाषा के इतिहास
7वीं सदी से ले के आज तक के गौरवशाली यात्रा
भोजपुरी के उत्पत्ति
भोजपुरी भाषा के इतिहास 7 वीं सदी से शुरू होला । मध्य काल में भोजपुर नाम के स्थान में मध्य प्रदेश के उज्जैन से आइल भोजवंशी राजा लोग ए गो गाँव बसउले रहलें थ । जे के आपन राजधानी बनउलें । इनही के राजा रहलें भोज जिनके नामे पर ओह स्थान के नाम भोजपुर पड़ गइल आ उनके बोल चाल के भासा भोजपुरी कहाईल.
"भोजपुर" नाम भोजवंशी राजा भोज के नाम पर रखल गइल, जेकरा से भोजपुरी भाषा के नामकरण भइल।
कैथी लिपि के इतिहास
एकरे पहिले ब्राह्मी लिपि में कैथी नामक ए गो लिपि रहल जेके "कयथी" या "कायस्थी", के नाम से जानल जाला । ई देवनागरी लिपि से मिलत जुलत लिपि ह । सोलहवीं सदी में एकर बहुत अधिक उपयोग कइल जात रहल । मुग़ल शासन काल के समय भी एकर बहुत उपयोग कइल जात रहल । अंग्रेज लोग एह लिपि के प्रयोग आधिकारिक रूप से बिहार के न्यायालयन में करत रहलें । बाद में एह लिपि के स्थान में देवनागरी लिपि का उपयोग होखे लगल. कैथी लिपि के वर्ष 2009 में मानक 5.2 में शामिल कइल गइल रहल.
कैथी लिपि उदाहरण: 𑂍𑂵𑂪𑂳𑂀 𑂮𑂥 𑂦𑂷𑂔𑂣𑂳𑂩𑂲 𑂥𑂯𑂳𑂢𑂰 𑂧𑂵𑂀
भोजपुरी भाषा के समयरेखा
भोजपुरी के उत्पत्ति
भोजपुरी भाषा के इतिहास 7वीं सदी से शुरू होला
भोजवंशी राजाओं के योगदान
भोजपुर नामक स्थान पर भोजवंशी राजाओं द्वारा बसावट
कैथी लिपि का प्रचलन
कैथी लिपि का व्यापक उपयोग शुरू होइल
कैथी लिपि को मान्यता
कैथी लिपि को यूनिकोड 5.2 में शामिल कइल गइल
विश्व भोजपुरी दिवस
संत कबीर दास (1297) के जन्मदिवस भोजपुरी दिवस के रूप में भारत में स्वीकार कइल गइल बा आ एके विश्व भोजपुरी दिवस के रूप में मनावल जाला.

भोजपुरी भाषा के वैश्विक पहुंच
विश्व के कोने-कोने में फैलल भोजपुरी भाषा के समुदाय
भोजपुरी वक्ता के आंकड़े
भोजपुरी ए गो इंडो-आर्यन भाषा ह जेके मुख्य रूप से उत्तर-पूर्वी भारत आ नेपाल के कुछ हिस्सन में बोलल जाला । 31.4 मिलियन देशी बोले वालन के साथ एकरे बोले वालन के संख्या भारत में सबसे अधिक बा. 2011 की जनगणना के हिसाब से हिन्दुस्तान के 5 करोड़ आ विश्व के कुल 7 करोड़ आबादी भोजपुरी बोले ले. संख्या के हिसाब से भोजपुरी विश्व के 10वीं सबसे ज़्यादा बोलल जाये वाली भाषा ह.
भोजपुरी भाषा के वक्ता के संख्या संस्कृत, पाली, और कई यूरोपीय भाषा से अधिक बा।
आधिकारिक दर्जा
भोजपुरी भाषा के मॉरीशस में राष्ट्रीय भाषा का दर्जा प्राप्त बा । साथ हीं, नेपाल में भी भोजपुरी संवैधानिक भाषा है. फिजी में भोजपुरिए के ए गो बोली फिजी बात (अवधि और भोजपुरी दोनों से मेल खाती है) ऊहां के संवैधानिक भाषा ह. इन देशन के अलावा भोजपुरी सूरीनाम, त्रिनिदाद, गयाना, गुयाना, साउथ अफ्रीका, नीदरलैंड्स, जमैका आदि देशन में भी बोलल आ समझल जाले.
भोजपुरी भाषी क्षेत्र
भारत और नेपाल में फैलल भोजपुरी भाषा के मुख्य क्षेत्र
भोजपुरी क्षेत्र
बिहार
जिला सूची
सांस्कृतिक महत्व
बिहार में भोजपुरी भाषा के समृद्ध सांस्कृतिक परंपरा बा, जेहमे लोक गीत, नृत्य, आ साहित्य शामिल बा।
भोजपुरी भाषा के विशेषताएं
सांस्कृतिक समृद्धि और भाषाई विविधता
समृद्ध साहित्य
भोजपुरी में समृद्ध साहित्यिक परंपरा बा, जेहमे कविता, कहानी, और नाटक शामिल बा।
- भिखारी ठाकुर के नाटक
- राहुल सांकृत्यायन के रचना
- लोक कथाकार
लोक संगीत
भोजपुरी लोक संगीत दुनिया भर में प्रसिद्ध बा, विशेष रूप से विदेश में बसल भोजपुरी समुदाय में।
- कजरी
- चैता
- सोहर
- विवाह गीत
सिनेमा उद्योग
भोजपुरी फिल्म उद्योग भारत के सबसे बड़ क्षेत्रीय सिनेमा उद्योग में से एक बा।
- 1000+ फिल्म
- वार्षिक रिलीज
- अंतर्राष्ट्रीय पहुंच
भोजपुरी भाषा के संरक्षण में सहयोग दीजिए
आइए मिलके एह समृद्ध भाषा के विरासत के आगे वाली पीढ़ी खातिर सुरक्षित रखीं।