
गोरखपुरिया भोजपुरिया परिवार
भोजपुरी भाषा के सम्मान खातिर संकल्पित
गोरखपुरिया भोजपुरिया
सभ्य समाज में भोजपुरी भाषा के सम्मान देवे के अभियान
भोजपुरी माई के भाषा ह । ई अपने आप में विश्व के सबसे समृद्ध भाषा हवे। एकर मिठास आ भाव व्यक्त कईले के अद्भुत क्षमता एके सबसे अलग बनावे ले । बहुत दुख होला जब भोजपुरी भाषा के लोग कमतर आंकेलें आ बोलले में लजालें । जब देश के अन्य राज्यन में उहां के स्थानीय भाषा आ बोली के प्रयोग सम्मान के साथ होला आ लोग अपने भाषा के अपने सम्मान के साथ जोडलें त हम भोजपुरी भाषी लोग काहे न क सके ले । एही सोच के साथ गोरखपुरियां भोजपुरिया समूह बनावल गइल।
एक समूह में पिछले 5 साल में 1500 से अधिक लोग जुड़ल बाड़े । हमहन के ई मानल जाला कि भासा बोलले से ही जीयत रहेले । बौद्धिक आ राजनीतिक विमर्श अलग विषय ह जेह पर बहुत लोग आ संस्था काम करत बाड़ी । पर कुल कईल करावल व्यर्थ हो जाई जब लोग बोलले छोड़ दीहें ।। हमहन के पूरा प्रयास भोजपुरी बोलले , बोलवउले आ गर्व के साथ अपने से जोड़े के बा।
हमार उद्देश्य
ए गो अइसन समाज के कल्पना जहाँ भोजपुरी भाषा के उचित सम्मान मिले आ ई शिक्षा, साहित्य, आ सार्वजनिक जीवन के मुख्यधारा में शामिल हो । भविष्य के पीढ़ियन खातिर एह समृद्ध भाषा के सुरक्षित रखल जा सके । भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता मिले आ शैक्षणिक संस्थानन में भोजपुरी पाठ्यक्रम भी लागू कइल जा सके। एह भाषा के वैश्विक स्तर पर पहचान मिले आ एकर सम्मान होखे।
लोगन के विचार
समाज के अलग-अलग क्षेत्रन से जुड़ल लोगन के विचार
आगामी योजना
भोजपुरी भाषा और संस्कृति के विकास के लिए हमारी भविष्य की योजनाएं
हिन्दी-भोजपुरी-अंग्रेजी शब्दकोश
Hindi-Bhojpuri-English Dictionary
भोजपुरी शोध एवं अध्ययन केंद्र
Bhojpuri Research and Study Centre
भोजपुरी पुस्तकालय
Bhojpuri Library
लोकगीत एवं संगीत का संकलन एवं संरक्षण
Collection and preservation of folk songs and music
भोजपुरी पत्रिका का प्रकाशन
Publication of a Bhojpuri magazine
नयी पीढ़ी के लिए जागरुकता अभियान
Awareness campaign for the new generation
भोजपुरी पुरोधाओं पर डाक्यूमेंट्री फ़िल्में
Documentary films on Bhojpuri pioneers
सदस्यन के ई-डाईरेक्ट्री
E-Directory Of Members
विश्वविद्यालय एवं कॉलेज में जागरूकता अभियान
Awareness campaigns in universities and colleges
इन योजनाओं में सहयोग दीजिए
भोजपुरी भाषा के विकास में अपना योगदान दें और इन महत्वपूर्ण परियोजनाओं का हिस्सा बनें